https://youtu.be/E28XE6zIRpw?si=56oTaASAF0-Kus1b
रखिया बन्हा ला भैया...
फिल्म : लागी नहीं छूटे राम (१९६३)
गायिका (फिल्म में) : लता मंगेशकर
गीत- मजरूह सुल्तानपुरी
संगीत - चित्रगुप्त
फिल्म : लागी नहीं छूटे राम (१९६३)
गायिका (फिल्म में) : लता मंगेशकर
गीत- मजरूह सुल्तानपुरी
संगीत - चित्रगुप्त
रखिया बन्हा ला भइया
सावन आईल
जिआ तू लाख बरीस हो
राखिया बन्हा ला भइया
सावन आईल
जिआ तू लाख बरीस हो
राखिया बन्हा ला भइया
सावन आईल
जिआ तू लाख बरीस हो
तोहरा के लागे भइया
हमरी उमिरिया
बहिना ता देले असीस हो
तोहरा के लागे भइया
हमरी उमिरिया
बहिना ता देले असीस हो
राखी के धागा बाँधीं तोहरी कलइया
राखी के धागा बाँधी तोहरी कलइया
माथे लगाई टीका लेके बलइया
आज के सुभ दिन आरती उतारीं
करीं तोहार मुँह मीठ हो
रखिया बन्हा ला भइया
सावन आयल
जिये तू लाख बरीस हो
जहिया तू भउजी के डोली ले अइबा
जहिया तू भउजी के डोली ले अइबा
दिदिया का नेग से ता बचे ना पइबा
अंचरा में भरि-भरि लेब रुपैया
गांव लेइब दस बीस हो
रखिया बन्हा ला भइया
सावन आयल
जिए तू लाख बरीस हो
राखी के लाज देख
हरदम निभइहा
राखी के लाज देख
हरदम निभइहा
दीदी के प्यार कभी तू ना भुलइहा
अइसन ना हो के कहीं
अंखियां निहारे
जाए सावन रुत बीत हो
रखिया बन्हा ला भइया
सावन आयल
सावन आयल
जिए तू लाख बरीस हो
तोहरा के लागे भइया
हमरी उमिरिया
बहिना ता देले आसीस हो
तोहरा के लागे भइया
हमरी उमिरिया
बहिना ता देले आसीस हो
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें