गुरुवार, 30 मार्च 2023

अवध में बाजेला बधाई श्री राम के जनम भइल हो !.../ सोहर / मारीशस भोजपुरी समाज की प्रस्तुति

https://youtu.be/hHUu9YVjx4Q 

अवध में बाजेला बधाई श्री राम के जनम भइल हो !...

अवध में बाजेला बधाई, श्री राम के जनम भइल हो !
आहो ललना, 
आहो ललना, गोदिया में खेलें श्री राम कौशल्या खेलावेला हो 

राम के नयन में कजरवा, बड़ा ही शोभेला हो 
आहो ललना, पलना में झूलें श्री राम कौशल्या झुलावेला हो  
अवध में बाजेला बधाई...

रामा के पैरों में पैजनियाँ, बड़ा ही शोभेला हो 
आहो ललना, पलना में झूलें श्री राम कौशल्या झुलावेला हो 
अवध में बाजेला बधाई...

सखी सब मंगल गावेला, रंग बरसावेला हो 
आहो ललना, पलना में झूलें श्री राम कौशल्या झुलावेला हो 
अवध में बाजेला बधाई...

सोहर के गवइया सोहर गा देहलन, गा के सुना देहलन हो 
आहो ललना, पलना में झूलें श्री राम कौशल्या झुलावेला हो 
अवध में बाजेला बधाई...

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें